ई छतरी ना बा गुरुवर,
ई समय के विधान बा।
रवि जहवाँ न पहुँच पाई,
ई कवि ओही ठाँव हो खे आई।
ऊपर बदरा बरसे,
नीचे प्यास बुझाए।
खुद सौ घाव खाए,
फेर भी दूसरा के बचाए।
सुनऽ, दुनिया में दुइ तरह के लोग बा।
एगो लेवे वाला – “हमरा के का मिली?”
दूसर देवे वाला – “हम का दे सकी ला?”
ई छतरी दूसर वाला बा।
ना नाम बा, ना काम बा,
फेर भी धरम निभावत बा।
पात टूटे, डंठल टूटे,
फेर भी जगह से ना हिले।
काहे? काहे कि ओकरा पता बा ,
“हम हटब त केहू क कंठ सूख जाई।”
यही त जीवन बा।
तू सूरज ना बन पावऽ त का?
एगो दिया त बनऽ।
महल ना दे पावऽ त का?
एगो छाया त द्दया।
सबसे बड़ दान का बा पता बा?
“जवन तोहरा लगे ना बा,
फेर भी ओकरा के दे दई कटोरा खाली बा,
फेर भी भरल बा।
काहे कि येमें “मैं” ना बा,
“तू” बा।
समझ गइला?
जीयके हो त एइसन जिया
कि लोग कहे “ई ना रहा,
पर हमार प्यास बुझा गइल।”
डंडा से डर होला,
बात से असर होला,
और त्याग से…
मानुष अमर होला।
-आनंद पाण्डेय “केवल”
